ऐ जी एगो खबरियो त भेजी | A Ji Ego Khabariya Ta Bheji Lyrics – Kalpana Patowary
जवन कइनी रउवा सईयां , बाऊर बाटे
कवना गलती के साजा ई , राउर बाटे
लोर अखियां के अब ना रुके जी
काहे खातिर भइनी कठकरेजी
की ऐ जी एगो खबरियो त भेजी
पर के गयिलका सजनवा अईनी ना
पत्थर करेजवा के कइनी ना
वादा कईलका तु एकहु निभइनी ना
हमरो पिरितिया भुलइनी ना
बड़ा देखे खातिर मन तरसेजी
काहे खातिर..
दिन कटेना ना निंदिया आवेला
रतिया बड़ा डेरवावेला
ध्यान हटे ना याद सतावेला
घर अंगना नाही भावेला
मनीष कल्पना के दिल में सहेजी
कल्पना के अपना दिल में सहेजी
काहे खातिर भइनी कठकरेजी
की ऐ जी एगो खबरियो त भेजी
Tags:
Bhojpuri Lyrics
